factograf
BH

एगो फ्री सॉफ्टवेयर हवे जे स्मार्टफोन पर एप्लीकेशन के रूप में चले ला आ तुरंत सनेसा भेजे के सुबिधा

वाट्सएप

All data from the card 8
बिजनेस प्रकार
सब्सिडरी
स्थापित
फरवरी 24, 2009
मुख्यालय
माउंटेन व्यू, कैलिफोर्निया, यूनाइटेड स्टेट्स
संस्थापक
जान कुमब्रायन एक्शन
सीईओ
जान कुम
कर्मचारी
50
मूल कंपनी
फेसबुक
वेबसाइट
whatsapp.com

वाट्स एप मैसेंजर (WhatsApp Messenger) एगो फ्री सॉफ्टवेयर हवे जे स्मार्टफोन पर एप्लीकेशन के रूप में चले ला आ तुरंत सनेसा भेजे के सुबिधा देला। ई इंटरनेट के इस्तेमाल क के तुरंत सनेसा (पाठ के रूप में) भेजे, कॉल करे, बीडियो काल करे, फोटो, एनीमेशन, डाकुमेंट, प्रयोगकर्ता के लोकेशन आ फोन कांटेक्ट भेजे के सुबिधा देला। एकरा खातिर पहिचानक के रूप में सेलुलर फोन के नंबर के इस्तेमाल करे ला। ई एप्लीकेशन मोबाइल यंत्र सभ प चले ला हालाँकि, एकरा के डेस्कटॉप कंप्यूटर से भी एक्सेस कइल जा सके ला, ई सेलफोन नेटवर्क के नंबर सभ के इस्तेमाल क के एक दुसरे से कनेक्ट होखे के सुबिधा देला। मूल रूप में एह सुबिधा के द्वारा दू ब्यक्ति आपस में या कई लोग ग्रुप बना के आपस में संबाद क सकत रहे, सितंबर 2017 में ह्वाट्सएप द्वारा घोषणा कइल गइल कि अब एगो नया बिजनेस प्लेटफार्म के जरिये कंपनी सभ एकरे द्वारा कस्टमर केयर सुबिधा भी उपलब्ध करा सके लीं वाट्सएप पर भेजल जाए वाला सगरी डेटा (सनेसा, फोटो, बीडियो, फाइल वगैरह) एंड-टू-एंड एनक्रिप्शन के इस्तेमाल से सुरक्षित होखे ला।

वाट्सएप के ज्यादातर उपभोक्ता माउंटेन व्यू, कैलिफोर्निया में स्थित वाट्सएप इंक॰ द्वारा बनावल गइल रहलें हालाँकि, फरवरी 2014 में एकरा के फेसबुक द्वारा लगभग US$19.3 बिलियन (अरब) अमेरिकी डालर में कीन लिहल गइल। फरवरी 2016 ले, वाट्स एप के प्रयोगकर्ता आधार (यूजर बेस) लगभग एक अरब हो चुकल रहल आ एह तरीका से ई आभासी (वर्चुअल) समुदाय सभ में सभसे पापुलर, या आसान भाषा में अपना समय के सभसे पापुलर मेसेजिंग एप बन चुकल रहल। वाट्स एप के बढ़ती कई देसन में तेजी से भइल जेह में ब्राजील, भारत आ यूरोप के बहुत बड़ा हिस्सा सामिल बा।

प्रयोगकर्ता सांख्यिकी

22 अप्रैल 2014 तक ले, वाट्सएप के लगभग 500 मिलियन से ढेर माहवार सक्रिय प्रयोगकर्ता रहलें, 700 मिलयन फोटो आ 100 मिलियन बीडियो रोजाना शेयर कइल जात रहलें, आ हरदिन ई सनेसा सुबिधा 10 बिलियन से ढेर सनेसा हैंडिल क रहल रहे।

24 अगस्त 2014 के, कूम द्वारा ट्विटर पर घोषणा कइल गइल कि पूरा दुनिया भर में वाट्सएप के 600 मिलियन से ढेर सक्रिय प्रयोगकर्ता बाड़ें। ई ऊ समय रहल जब रोज 25 मिलियन प्रयोगकर्ता लोग वाट्स एप से हर महीना जुड़ रहल रहे, यानी कि 833,000 सक्रिय प्रयोगकर्ता रोज जुड़ रहल रहे। कुल दुनिया के 10%, मने कि 65 मिलियन प्रयोगकर्ता लोग के साथ भारत एह मामिला में नमर एक प रहल।

मई 2017 ई रिपोट कइल गइल कि वाट्स एप के प्रयोगकर्ता लोग औसतन 646 साल के समय के बराबर समय बीडियो काल में बिता रहल रहे मने कि 340 मिलियन मिनट रोज एह एप पर बीडियो काल में बितावत रहल।

फरवरी 2017 ले, वाट्सएप के 1.2 बिलियन प्रयोगकर्ता भ चुकल रहे लोग।


इहो देखल जाय

Read next

In 126 languages

bhAfrikaansAlemannischaragonésالعربيةالدارجةمصرىঅসমীয়াasturianuAymar aruazərbaycancaتۆرکجهBasa BaliбеларускаябългарскиবাংলাcatalàнохчийнکوردیčeštinaCymraegdanskDeutschZazakiडोटेलीΕλληνικάEnglishEsperantoespañoleestieuskaraفارسیsuomifrançaisgalegoAvañe'ẽHausaעבריתहिन्दीhrvatskiKreyòl ayisyenmagyarհայերենBahasa IndonesiaIdoitaliano日本語JawaქართულიQaraqalpaqshaKabɩyɛTyapқазақшаភាសាខ្មែរಕನ್ನಡ한국어کٲشُرkurdîкомикыргызчаLatinaLëtzebuergeschlietuviųlatviešuमैथिलीолык марийMinangkabauмакедонскиമലയാളംмонголमराठीBahasa Melayuမြန်မာဘာသာनेपालीनेपाल भाषाLi NihaNederlandsnorsk nynorsknorskଓଡ଼ିଆਪੰਜਾਬੀpolskiپنجابیپښتوportuguêsRuna Simiromânăрусскийрусиньскыйсаха тылаᱥᱟᱱᱛᱟᱲᱤScotsسنڌيSängösrpskohrvatski / српскохрватскиTaclḥitSimple Englishslovenčinaslovenščinashqipсрпски / srpskisvenskaKiswahiliதமிழ்ತುಳುతెలుగుtetunтоҷикӣไทยTürkmençeTagalogTürkçeтатарча / tatarçaTwiئۇيغۇرچە / Uyghurcheукраїнськаاردوoʻzbekcha / ўзбекчаvènetoTiếng Việt吴语Yorùbáⵜⴰⵎⴰⵣⵉⵖⵜ ⵜⴰⵏⴰⵡⴰⵢⵜ粵語中文isiZulu

Text from Wikipedia, CC BY-SA 4.0 · Source article