factograf
BH

चीता

चीता

चीता (बैज्ञानिक नाँव: Acinonyx jubatus) बड़हन आकार के एगो शिकारी जानवर हवे। बैज्ञानिक बर्गीकरण में ई फेलिडाई (Felidae) उपपरिवार में आवे ला आ मुख्य रूप से पूरबी आ दक्खिनी अफिरका, आ ईरान के कुछ हिस्सा में पावल जाला। पुराना समय में ई भारत आ आसपास के देस सभ में भी पावल जाय लेकिन अब इहाँ से बिलुप्त हो चुकल बाटे। एसिनॉनिक्स (Acinonyx) जाति के ई एकलौता बचल सदस्य बा। एकर बैज्ञानिक बिबरन सभसे पहिले जोहान क्रिस्चियन डैनियल फॉन श्रेबर नाँव के जर्मन बैज्ञानिक द्वारा 1775 में दिहल गइल रहे। चीता के शरीर छरहर, गहिरी छाती, चित्तीदार कोट, छोटहन गोल कपार, चेहरा पर करिया आँसू नियर धारी, पातर-लमछर टांग आ लमहर चित्तीदार पोंछि होले। चीता के बनावट हल्लुक होला आ एकर छरहर बनावट, बड़हन आकार के बिलारबंस के जानवर सभ के मजबूत बनावट की तुलना में एकदम्मे अलग किसिम के होला, एकरे कारण ई कूगर से ढेर समानता वाला बुझाला। चीता के ऊंचाई, कंधा के लगे 70 से 90 सेमी (28 से 35 इंच) होखे ले आ एकर वजन 21–72 किग्रा (740–2,540 औंस) होला। ई लेपर्ड सभ से ऊंचाई में लमहर होला जबकि सिंह से छोट आकार साफ पता चले ला। पियाराहूँ आभा वाला भा रूफ़स से मटियाहूँ सफ़ेद आभा वाला एकर खाल (कोट) पर लगभग 2,000 करिया चित्ती होखे लीं।

Read next

In 144 languages

bhAfrikaansአማርኛaragonésÆngliscالعربيةمصرىasturianuаварKotavaazərbaycancaتۆرکجهBasa BaliBikol Centralбеларуская (тарашкевіца)беларускаябългарскиবাংলাབོད་ཡིགbrezhonegbosanskicatalàCebuanoᏣᎳᎩکوردیcorsučeštinaсловѣньскъ / ⰔⰎⰑⰂⰡⰐⰠⰔⰍⰟчӑвашлаCymraegdanskDeutschdolnoserbskiΕλληνικάemiliàn e rumagnòlEnglishEsperantoespañoleestieuskaraفارسیsuomiføroysktfɔ̀ngbèfrançaisNordfriiskFryskGaeilgeGàidhliggalegoAvañe'ẽગુજરાતી客家語 / Hak-kâ-ngîעבריתहिन्दीhrvatskihornjoserbscemagyarհայերենinterlinguaBahasa IndonesiaIdoíslenskaitaliano日本語JawaქართულიTaqbaylitқазақшаಕನ್ನಡ한국어kurdîkernowekкыргызчаLatinaLëtzebuergeschLimburgslietuviųlatgaļulatviešuMalagasyолык мариймакедонскиമലയാളംмонголमराठीBahasa Melayuမြန်မာဘာသာمازِرونیNederlandsnorsk nynorsknorskSesotho sa LeboaDiné bizaadoccitanOromooଓଡ଼ିଆиронਪੰਜਾਬੀpolskiپنجابیپښتوportuguêsromânăрусскийsicilianuScotsسنڌيsrpskohrvatski / српскохрватскиSimple EnglishslovenčinaslovenščinaanarâškielâchiShonaSoomaaligashqipсрпски / srpskisvenskaKiswahiliślůnskiதமிழ்ไทยትግርኛTürkmençeTagalogSetswanaTürkçeXitsongaтыва дылудмуртукраїнськаاردوoʻzbekcha / ўзбекчаTiếng ViệtwalonWinarayWolof吴语isiXhosaმარგალურიYorùbá閩南語 / Bân-lâm-gí粵語中文

Text from Wikipedia, CC BY-SA 4.0 · Source article