factograf
BH

चाउर

चाउर

चाउर (Rice; हिंदी: चावल) धान के बीया के भूसी हटा देवे के बाद बनल अनाज हवे। बनस्पति बिज्ञान के वर्गीकरण अनुसार ओराइजा जाति के घास के दू गो प्रजाति अफिरकी धान (ओराइजा ग्लैबेरिमा) आ एशियाई धान (ओराइजा सैटाइवा) सभ के बिया से चाउर उपराजल जाला। एकर खेती खाद्यान के रूप में होखे ला आ दुनिया में, उत्पादन के वजन के हिसाब से ई तिसरा नंबर के सभसे ढेर पैदा होखे वाली फसल हवे (चाउर, 741.5 मिलियन टन 2014 में), एकरा ले ढेर गन्ना (1.9 बिलियन टन) आ मक्का (1.0 बिलियन टन) बस दू गो फसल के उत्पादन होला।

ई आदमिन के मुख्य भोजन के हिस्सा हवे, खासकर के एशिया के लोग के, जबकि मक्का आ गन्ना के पैदावार मनुष्य खातिर सीधे भोजन के अनाज के रूप में ना होला, एही कारण चाउर सभसे प्रमुख अनाज मानल जाला। मनुष्य द्वारा भोजन के रूप में इस्तेमाल होखे वाला ई अनाज, अगर पूरा दुनिया में लोग द्वारा लिहल जाए वाली कैलोरी के हिसाब से देखल जाय, भोजन से मिले वाली कैलोरी के पाँचवाँ हिस्सा पूरा करे ला। चाउर के बिबिध प्रकार के किसिम बाड़ी सऽ आ एह से बने वाला पकवान बहुत प्रकार के बाड़ें।

चाउर के सभसे चलनसार पकवान, जे भारत में इस्तेमाल होला, भात हवे। भात-दाल आ करी-चावल (करी में रसदार तरकारी भा मीट शामिल रहे ला) भारतीय भोजन के सभसे महत्व वाला हिस्सा हवे। फ्राइड राइस, बिरियानी, इडली वगैरह कई अउरी भारतीय भोजन सभ चाउर से बने लें।

Read next

In 204 languages

bhAfrikaansAlemannischአማርኛPangcaharagonésÆngliscOboloअंगिकाالعربيةܐܪܡܝܐالدارجةمصرىঅসমীয়াasturianuAtikamekwअवधीazərbaycancaتۆرکجهбашҡортсаBasa BaliBoarischžemaitėškaBatak TobaBikol CentralBajau Samaбеларуская (тарашкевіца)беларускаяBetawiбългарскиBanjarবাংলাབོད་ཡིགbrezhonegbosanskiбуряадcatalà閩東語 / Mìng-dĕ̤ng-ngṳ̄нохчийнCebuanoᏣᎳᎩکوردیčeštinaчӑвашлаCymraegdanskdagbanliDeutschThuɔŋjäŋZazakiडोटेलीދިވެހިބަސްΕλληνικάemiliàn e rumagnòlEnglishEsperantoespañoleestieuskaraفارسیsuomivõroføroysktfɔ̀ngbèfrançaisfurlanFryskGaeilge贛語kriyòl gwiyannengalegoگیلکیAvañe'ẽwayuunaikiHausa客家語 / Hak-kâ-ngîעבריתहिन्दीFiji HindihrvatskihornjoserbsceKreyòl ayisyenmagyarհայերենԱրեւմտահայերէնinterlinguaBahasa IndonesiaIgboꆇꉙгӀалгӀайIdoíslenskaitaliano日本語Patoisla .lojban.JawaქართულიQaraqalpaqshaадыгэбзэKabɩyɛTyapKumoringқазақшаភាសាខ្មែរಕನ್ನಡYerwa Kanuri한국어کٲشُرkurdîKʋsaalkernowekLatinaLadinoLëtzebuergeschлаккулезгиLingua Franca NovaLimburgsLigurelombardlingálaລາວlietuviųlatviešuMadhurâमैथिलीBasa BanyumasanMalagasyMinangkabauмакедонскиമലയാളംмонголဘာသာမန်mooreमराठीBahasa Melayuမြန်မာဘာသာمازِرونیNedersaksiesPlattdüütschनेपालीनेपाल भाषाNederlandsnorsk nynorsknorskDiné bizaadoccitanଓଡ଼ିଆиронਪੰਜਾਬੀKapampanganpolskiportuguêsRuna SimiikirundiromânăarmãneashtiрускирусскийрусиньскыйIkinyarwandaसंस्कृतम्саха тылаᱥᱟᱱᱛᱟᱲᱤScotsسنڌيsrpskohrvatski / српскохрватскиසිංහලSimple EnglishslovenčinaslovenščinachiShonaSoomaaligashqipсрпски / srpskiSundasvenskaSakizayaதமிழ்TayalతెలుగుтоҷикӣไทยTagalogtoki ponaTürkçeSeediqтатарча / tatarçaئۇيغۇرچە / Uyghurcheукраїнськаاردوoʻzbekcha / ўзбекчаTiếng ViệtwalonWinaray吴语მარგალურიייִדישYorùbáVahcuengh文言粵語中文

Text from Wikipedia, CC BY-SA 4.0 · Source article