factograf
BH

खीरा

खीरा

खीरा (अंग्रेजी: Cucumber; Cucumis sativus, कुकुमिस सैटिवस) एगो बहुत ब्यापक रूप से उगावल जाए वाला लतरदार (नार-पात वाली, पसरे वाली लता) पौधा हवे, जवन कुकुर्बिटेसी परिवार से संबंध रखेला। एहमें बेलनाकार से गोल आकार के फल लागेला, जवन सब्जी आ सलाद के रूप में खाइल जाला।

खीरा के एगो वार्षिक पौधा (annual plant) मानल जाला, आ एकर तीन मुख्य प्रकार होखेला— स्लाइसिंग (काटे वाला), पिकलिंग (अचार खातिर), आ बीजरहित (सीडलेस)। भारत में ई जायद के फसल मानल हवे जे अप्रैल से जून ले खेती कइल जाला। हालाँकि, अब एकर अइसन किसिम बिकसित भ गइल बाड़ी की बजार में सालों भर बिका रहल बाटे।

खीरा के उत्पत्ति एशिये में भइल मानल जाला—खासकर भारत, नेपाल, बांग्लादेश, चीन (युन्नान, गुइझोउ, ग्वांग्शी) आ उत्तरी थाईलैंड के क्षेत्र में। हालाँकि, आज के समय में ई लगभग हर महाद्वीप पर उगावल जाला, आ कई तरह के खीरा व्यावसायिक रूप से उत्पादन आ वैश्विक बाजार में व्यापार कइल जाला। उत्तर अमेरिका में “वाइल्ड ककुंबर” नाम से कुछ पौधा इकिनोसिस्टिस आ माराह जाति में मिलेला, लेकिन ई असली खीरा से बहुत नजदीकी संबंध ना रखेला।

गैलरी

भारतीय पियरका खीरा के लाल मरिचा आ पिआज के संघे पकाव्ल तरकारी, विजयवाड़ा, आंध्रप्रदेश
भारतीय पियरका खीरा के लाल मरिचा आ पिआज के संघे पकाव्ल तरकारी, विजयवाड़ा, आंध्रप्रदेश
भारतीय पियरका खीरा के लाल मरिचा आ पिआज के संघे बनावल अचार, विजयवाड़ा, आंध्रप्रदेश
भारतीय पियरका खीरा के लाल मरिचा आ पिआज के संघे बनावल अचार, विजयवाड़ा, आंध्रप्रदेश
टुकड़ा में स्लाइस कइल स्कैंडिनेवियाई खीरा
टुकड़ा में स्लाइस कइल स्कैंडिनेवियाई खीरा
भारतीय पीयर खीरा
भारतीय पीयर खीरा
लेमन कुकुंबर
लेमन कुकुंबर
भारत के गुंटूर में बजार में बिकात गोल पीयर खीर जेकरा के 'दोसाकाई' (Dosakai) के नाँव से जानल जाला
भारत के गुंटूर में बजार में बिकात गोल पीयर खीर जेकरा के 'दोसाकाई' (Dosakai) के नाँव से जानल जाला
कद्दूकस (ग्रेटिंग) कइल खीरा
कद्दूकस (ग्रेटिंग) कइल खीरा
खीर के टुकड़ा वाली डिश
खीर के टुकड़ा वाली डिश
खीरा के नार पर फुलाइल फूल
खीरा के नार पर फुलाइल फूल
गेल ट्रोस 'Gele Tros' किसिम के खीरा, खेत में
गेल ट्रोस 'Gele Tros' किसिम के खीरा, खेत में
खाना के सजावट (गार्निश) में इस्तेमाल करे खातिर काटल खीरा
खाना के सजावट (गार्निश) में इस्तेमाल करे खातिर काटल खीरा
11 images

Read next

In 175 languages

bhAcèhAfrikaansአማርኛaragonésÆngliscالعربيةܐܪܡܝܐمصرىasturianuazərbaycancaتۆرکجهбашҡортсаBasa BaliBoarischžemaitėškaBikol CentralбеларускаяBetawiбългарскиBislamaBanjarবাংলাབོད་ཡིགbrezhonegbosanskicatalà閩東語 / Mìng-dĕ̤ng-ngṳ̄CebuanoᏣᎳᎩTsetsêhestâheseکوردیcorsučeštinakaszëbscziчӑвашлаCymraegdanskdagbanliDeutschZazakidolnoserbskiΕλληνικάemiliàn e rumagnòlEnglishEsperantoespañoleestieuskaraفارسیsuomifrançaisNordfriiskGaeilge贛語kriyòl gwiyannengalegoگیلکیगोंयची कोंकणी / Gõychi KonknniBahasa HulontaloગુજરાતીGaelgעבריתहिन्दीhrvatskihornjoserbsceKreyòl ayisyenmagyarհայերենԱրեւմտահայերէնJaku IbanBahasa IndonesiaIgboгӀалгӀайIdoíslenskaitalianoᐃᓄᒃᑎᑐᑦ / inuktitut日本語JawaქართულიQaraqalpaqshaTaqbaylitKumoringқазақшаភាសាខ្មែរಕನ್ನಡ한국어کٲشُرRipoarischkurdîкыргызчаLatinaLëtzebuergeschлаккулезгиLimburgsLigurelombardlietuviųlatviešuMadhurâमैथिलीмокшеньMalagasyMinangkabauмакедонскиമലയാളംмонголꯃꯤꯇꯩ ꯂꯣꯟमराठीBahasa Melayuမြန်မာဘာသာэрзяньनेपालीनेपाल भाषाLi NihaNederlandsnorsk nynorsknorskoccitanOromooиронਪੰਜਾਬੀKapampanganPicardpolskiپنجابیپښتوportuguêsRuna SimiromânăarmãneashtiрускирусскийIkinyarwandaसंस्कृतम्ᱥᱟᱱᱛᱟᱲᱤScotsسنڌيsrpskohrvatski / српскохрватскиSimple EnglishslovenčinaslovenščinaSoomaaligashqipсрпски / srpskiSundasvenskaKiswahiliதமிழ்తెలుగుтоҷикӣไทยTagaloglea faka-TongaTürkçeтатарча / tatarçaтыва дылудмуртئۇيغۇرچە / Uyghurcheукраїнськаاردوoʻzbekcha / ўзбекчаvènetovepsän kel’Tiếng ViệtWest-VlamsWinaray吴语მარგალურიייִדיש閩南語 / Bân-lâm-gí粵語中文

Text from Wikipedia, CC BY-SA 4.0 · Source article