factograf
BH

पुर्बी गोलार्ध में स्थित महादीप

एशिया

एशिया
All data from the card 8
क्षेत्रफल
44,579,000 किमी2 (17,212,000 वर्ग मील)
जनसंख्या
4,164,252,000 (नंबर 1)
जनघनत्व
87/किमी2 (225/वर्ग मील)
निवासी-नाँव
एशियाई
देस सभ
48 यूएन सदस्य 6 अन्य
निर्भर राज्यक्षेत्र
लिस्ट अक्रोतिरी आ ढेकेलियाब्रिटिश हिंदमहासागरी राज्यक्षेत्रक्रिसमस दीपकोकोस (कीलिंग) दीपहांग कांगमकाऊ
गैर-यूएन राज्य
लिस्ट अबखजियानागार्नो-काराबाखउत्तरी साइप्रसदक्खिन ओस्तेसियाताइवान
इंटरनेट टीएलडी
.asia

एशिया () धरती के सभसे बड़हन आ सभसे ढेर जनसंख्या वाला महादीप हऽ, मुख्य रूप से उत्तरी आ पूरबी गोलार्धन में पड़े ला, यूरोप के साथे मिल के दुनो के यूरेशिया कहल जाला आ अफिरका के साथे मिला के बनल क्षेत्र एफ्रो-एशिया के नाँव से जानल जाला। एशिया के कुल क्षेत्र बिस्तार 44,579,000 वर्ग किलोमीटर (17,212,000 वर्ग मील) बा जे पृथिवी के कुल जमीनी हिस्सा के लगभग 30% हिस्सा बा आ पूरा धरती के सतह के क्षेत्रफल के 8.7% बाटे। ई महादीप, बहुत पुराना समय से मानवीय जनसंख्या के निवास अस्थान रहल बा, आ दुनिया के कई गो सुरुआती सभ्यता सभ के जनमभूँइ हवे। ई महादीप खाली अपना बड़हन बिस्तार आ ढेर खा जनसंख्ये खातिर ना जानल जाला बलुक इहाँ कई गो बहुत घन बसल इलाका भी बाने आ कई गो बिसाल इलाका जहाँ बहुत बिरल जनसंख्या बसाव बाटे। एशिया के कुल जनसंख्या लगभग 4.4 बिलियन बाटे।

एकरा बिसाल साइज आ बिस्तार के अउरी इहाँ मौजूद बिबिधता के धियान में राखल जाय तब एशिया के संकल्पना (कांसेप्ट) — मने कि एगो नाँव जे पुराना जमाना से चलन में बा — वास्तव में मानव भूगोल के संकल्पना ढेर बुझाला, न कि भौतिक भूगोल के। एशिया अपना भूगोलीय क्षेत्र सभ के स्तर पर जातीय समूह, संस्कृति, पर्यावरण, अर्थब्यवस्था, इतिहासी संबंध आ शासन के सिस्टम सभ के मामिला में बहुते बिबिधता वाला महादीप ह। इहाँ के जलवायु में भी बहुते भारी बिबिधता बा, जहाँ एक ओर मध्य पूरब के इलाका बा जे गरमी में खूब गरम प्रदेश हो जाला तहाँ महादीपीय जलवायु के नमूना के रूप में साइबेरिया भी बा जहाँ जाड़ा में तापमान बहुते नीचे गिर जाला।

भूगोल आ जलवायु

हिमालय परबत में दुनिया के कई गो सभसे ऊँच परबत चोटी बाड़ी सऽ।
हिमालय परबत में दुनिया के कई गो सभसे ऊँच परबत चोटी बाड़ी सऽ।

एशिया पृथिवी के सभसे बड़हन महादीप हवे। पृथिवी के सतह के 8.8% भाग (या कुल जमीनी हिस्सा के 30% भाग) पर एकर बिस्तार बा, आ एकर लगभग 62,800 किलोमीटर (39,022 मील) के समुंद्री तटरेखा (कोस्टलाइन) सगरी महादीपन में सभसे लमहर बा। एशिया के परिभाषा दिहल जाला कि ई यूरेशिया के अइसन हिस्सा हवे जे यूराल परबत के पूरब में बा। वास्तव में ई परंपरागत सीमा हवे, एशिया यूरेशिया के कुल इलाका के पाँच हिस्सा में से चार हिस्सा भर के इलाका हऽ आ यूराल परबत आ स्वज नहर के पूरब आ काला सागर, काकेशस परबर आ कैस्पियन सागर के दक्खिन के हिस्सा एशिया महादीप मानल जाला। एकरे पूरुब में प्रशांत महासागर, दक्खिन में हिंद महासागर आ उत्तर में आर्कटिक महासागर बा। एह महादीप में कुल 48 देस बाने, इनहन में से तीन गो (रूस, कजाकिस्तान आ तुर्की) के कुछ जमीनी हिस्सा यूरोप महादीप में भी पड़े ला।

फोटो गैलरी

केरल के बैकवाटर
केरल के बैकवाटर
मंगोलियाई स्टेपी
मंगोलियाई स्टेपी
दक्खिन चीन के कार्स्ट
दक्खिन चीन के कार्स्ट
अल्ताई परबत
अल्ताई परबत
हुंजा घाटी
हुंजा घाटी
5 images

Read next

In 311 languages

bhаԥсшәаAcèhадыгабзэAfrikaansAlemannischአማርኛaragonésÆngliscOboloअंगिकाالعربيةܐܪܡܝܐالدارجةمصرىঅসমীয়াasturianuаварKotavaAymar aruazərbaycancaتۆرکجهбашҡортсаBasa BaliBoarischžemaitėškaBatak TobaBikol Centralбеларуская (тарашкевіца)беларускаяBetawiбългарскиBislamaBanjarပအိုဝ်ႏဘာႏသာႏbamanankanবাংলাབོད་ཡིགbòo pìkkàবিষ্ণুপ্রিয়া মণিপুরীbrezhonegbosanskiBatak Mandailingбуряадcatalà閩東語 / Mìng-dĕ̤ng-ngṳ̄нохчийнCebuanoChamoruᏣᎳᎩTsetsêhestâheseکوردیcorsuqırımtatarcačeštinakaszëbscziсловѣньскъ / ⰔⰎⰑⰂⰡⰐⰠⰔⰍⰟчӑвашлаCymraegdanskdagbanliDeutschThuɔŋjäŋZazakidolnoserbskiKadazandusunडोटेलीދިވެހިބަސްཇོང་ཁΕλληνικάemiliàn e rumagnòlEnglishEsperantoespañoleestieuskaraestremeñuفارسیFulfuldesuomivõroNa Vosa VakavitiføroysktfrançaisarpetanNordfriiskfurlanFryskGaeilgeGagauz贛語kriyòl gwiyannenGàidhliggalegoگیلکیAvañe'ẽगोंयची कोंकणी / Gõychi KonknniBahasa Hulontalo𐌲𐌿𐍄𐌹𐍃𐌺ગુજરાતીGaelgHausa客家語 / Hak-kâ-ngîHawaiʻiעבריתहिन्दीFiji HindihrvatskihornjoserbsceKreyòl ayisyenmagyarհայերենԱրեւմտահայերէնinterlinguaJaku IbanBahasa IndonesiaInterlingueIgboIlokanoгӀалгӀайIdoíslenskamedžuslovjanskyitalianoᐃᓄᒃᑎᑐᑦ / inuktitut日本語Patoisla .lojban.JawaქართულიQaraqalpaqshaTaqbaylitJjuадыгэбзэKabɩyɛTyapKongoKumoringқазақшаភាសាខ្មែរಕನ್ನಡYerwa Kanuri한국어перем комикъарачай-малкъарکٲشُرkurdîкомиkernowekкыргызчаLatinaLadinoLëtzebuergeschлаккулезгиLingua Franca NovaLugandaLimburgsLigureLadinlombardlingálaລາວlietuviųlatgaļulatviešuMadhurâमगहीमैथिलीBasa BanyumasanмокшеньMalagasyолык марийMāoriMinangkabauмакедонскиമലയാളംмонголꯃꯤꯇꯩ ꯂꯣꯟဘာသာမန်मराठीкырык марыBahasa MelayuMaltiMirandésမြန်မာဘာသာэрзяньمازِرونیNapulitanoNedersaksiesPlattdüütschनेपालीनेपाल भाषाOshiwamboLi NihaNederlandsnorsk nynorsknorskNovialߒߞߏNouormandSesotho sa LeboaDiné bizaadChi-ChewaoccitanlivvinkarjalaOromooଓଡ଼ିଆиронਪੰਜਾਬੀPangasinanKapampanganPapiamentuPicardDeitschPälzischpolskiPiemontèisپنجابیΠοντιακάپښتوportuguêspinayuananRuna SimirumantschromânăarmãneashtitarandíneрусскийрусиньскыйIkinyarwandaसंस्कृतम्саха тылаᱥᱟᱱᱛᱟᱲᱤsardusicilianuScotsسنڌيdavvisámegiellaSängösrpskohrvatski / српскохрватскиTaclḥitတႆးසිංහලSimple EnglishslovenčinaسرائیکیslovenščinaGagana SamoaanarâškielâchiShonaSoomaaligashqipсрпски / srpskiSranantongoSesothoSeelterskSundasvenskaKiswahiliꠍꠤꠟꠐꠤślůnskiSakizayaதமிழ்Tayalತುಳುᥖᥭᥰ ᥖᥬᥲ ᥑᥨᥒᥰతెలుగుtetunтоҷикӣไทยትግርኛTürkmençeTagalogtolışilea faka-Tongatoki ponaTok PisinTürkçeXitsongaтатарча / tatarçachiTumbukaTwireo tahitiтыва дылудмуртئۇيغۇرچە / Uyghurcheукраїнськаاردوoʻzbekcha / ўзбекчаvènetovepsän kel’Tiếng ViệtWest-VlamsVolapükwalonWinarayWolof吴语isiXhosaმარგალურიייִדישYorùbáVahcuenghZeêuwsⵜⴰⵎⴰⵣⵉⵖⵜ ⵜⴰⵏⴰⵡⴰⵢⵜ文言閩南語 / Bân-lâm-gí粵語中文isiZulu

Text from Wikipedia, CC BY-SA 4.0 · Source article